अरे अंगना तुलसी के गछिया लिरिक्स (Are Angana Tulsi Ke Gachhiya Lyrics in Hindi) - Chhath Puja Geet:-

अरे अंगना तुलसी के गछिया लिरिक्स (Are Angana Tulsi Ke Gachhiya Lyrics in Hindi) - Chhath Puja Geet - Bhaktilok

अरे अंगना तुलसी के गछिया लिरिक्स (Are Angana Tulsi Ke Gachhiya Lyrics in Hindi) -


अरे अंगना तुलसी के गछिया

भूईयवे लोटे हो डाढ़

अरे अंगना तुलसी के गछिया

भूईयवे लोटे हो डाढ़ ||


अरे ताही तर बाझिन तिरियवा

अरघ लिहले हो खाढ़

अरे ताही तर बाझिन तिरियवा

अरघ लिहले हो खाढ़ ||


अरे सब कर अरघिया

ए दीनानाथ लिहनी जूठार

अरे सब कर अरघिया

ए दीनानाथ लिहनी जूठार ||


अरे बाझीन के अरघिया

ए दीनानाथ ठहर तवाय |

अरे बाझीन के अरघिया

ए दीनानाथ ठहर तवाय ||


अरे कवन अईगुनवा

ए दीनानाथ बझिन पडल हो नाव

अरे कवन अईगुनवा

ए दीनानाथ बझिन पडल हो नाव ||


अरे सासू के जवबवा हो दिहलू

ननदिया के गारी देत

अरे सासू के जवबवा हो दिहलू

ननदिया के गारी देत।


अरे बड के लिपल का

ए बाझीन दिहलू तू धांग

अरे बड के लिपल का

ए बाझीन दिहलू तू धांग ||


अरे एही अईगुनवा

ए तिरिया बाझीन पडल हो नाव

अरे एही अईगुनवा

ए तिरिया बाझीन पडल हो नाव ||