सोहर: जुग जुग जियसु ललनवा (Sohar: Jug Jug Jiya Su Lalanwa Ke in Hindi) - Bhakti lok
सोहर: जुग जुग जियसु ललनवा (Sohar: Jug Jug Jiya Su Lalanwa Ke in Hindi) -
जुग जुग जियसु ललनवा
भवनवा के भाग जागल हो
ललना लाल होइहे
कुलवा के दीपक मनवा में
आस लागल हो ॥
आज के दिनवा सुहावन
रतिया लुभावन हो
ललना दिदिया के होरिला जनमले
होरिलवा बडा सुन्दर हो ॥
नकिया तहवे जैसे बाबुजी के
अंखिया ह माई के हो
ललन मुहवा ह चनवा सुरुजवा त सगरो
अन्जोर भइले हो ॥
सासु सुहागिन बड भागिन
अन धन लुटावेली हो
ललना दुअरा पे बाजेला बधइया
अन्गनवा उठे सोहर हो ॥
नाची नाची गावेली बहिनिया
ललन के खेलावेली हो
ललना हंसी हंसी टिहुकी चलावेली
रस बरसावेली हो ॥
जुग जुग जियसु ललनवा
भवनवा के भाग जागल हो
ललना लाल होइहे
कुलवा के दीपक मनवा में
आस लागल हो ॥
If you liked this post please do not forget to leave a comment. Thanks